सइयाँ बान्हे धईद हमरो कँगनवा ना ।
हमके लेके चल माई के भवनवा ना ।।
बा मन में लालसा लागल, घरे घरे कलशा साजल ।
माता रानी अइहें, हमरो आँगनवा ना ।। सइयाँ बान्हे धईद.....
नौ दिन नौरातन भूखब ,हम रात में ना सुतब।
नाचि गाई करब, रात जागरणवा ना ।। सइयाँ बान्हे धईद.....
गाई गाई के सुनाईब, माता रानी के मनाईब।
माई देई दीहे गोदी में ललनवा ना ।। सइयाँ बान्हे धईद.....